स्वाभिमान जागल कारोना में
बहुत लोग के स्वाभिमान जागल करोना में
लुटले के अवसर भी लागल करोना में
फ़िर से लगी लाकडाउन बन्द होई सब कुछ
सुनते लोग बाहर से भागल कारोना में
पांच के समान अब मिलत बा दस में
कहत बाटे अधा पूरा भरत बाटे बस में
अबकी मटर के स्वाद मिलाल ना निमोना में
बहुत लोग स्वाभिमान जागल करोना में
राशन नाई दिखत बा नेता के हाथ में
लेकिन फंड बटत बाटे बंदर बांट में
बन्द बा कमाई बइठ रोवत बाटे कोना में
बहुत लोग के स्वाभिमान जागल करोना में
शादी आ मुअनी के न्योता ना बन्द रहल
कहे के लकडाउन होत काम सब आनंद रहल
प्रेमी जोड़ा के दिन कटल रोना धोना में
बहुत लोग के स्वाभिमान जागल करोना में
लुटले के अवसर भी लागल करोना में ??