दिल टूट गईल
तहसे मंगनी
प्यार एगो
बाकिर ऊहो
दीहल ना गईल!
एतना भीड़ में
यार एगो
भाग में हमरा
लीखल ना गईल!!
सपना में केहू के
देख-देख
हम अबले
जीअत रहनी
छिन लेहलअ तू
नींद हमार
एतनो सुख
देखल ना गईल…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
(A Dream of Love)