कमासुत भौजी (भोजपुरी)
भईया सुतें घर में काम करेली भाभी
चाल चलेली एईसन जईसे गवई काकी,
उबड खाबड राह ना देखस चलस चाल मतवाली
मर्द होवे चाहे होवे जनाना देली छूट के गाली।
फैशन में कमी ना तनीको भर ओठ बा लाली
इश्नो पाउडर पोते जमके शक्ल भले बा काली।
चाल-ठाल मरदन के जईसन कहां कबो शरमाली,
टांग पर्स कान्धे पर भऊजी रोज कमाये जाली।
©®पं.सचिन शुक्ल