कपल चैलेंज
शहर के बदलल नगर के बदलल ,बदल गईल गउआँ के रेंज।
कोरोना में ढकल रहल चेहरा ,आइल नाही कोरोना के सीरेंज।
अब चेहरा सबकर खुल गईल फोटू में जनता मस्त भइल,
तनि बताव भैया हमरो के का ह ई सिंगल डबल कपल चैलेंज ।
भैया फ़ोटो डरलें बाटें ,काहे न डारे मिंगल बाटें।
उनके कुंवार भैवे का करीहे उ मिंगल ना सिंगल बाटें।
भईया संग भौजी पाउट निकरले सुन्नर मुन्नर लागत बाटिन,
चेहरा पे मेकप बलभर बा साड़ी बा उनकर ऑरेंज।
तनि बताव भैया हमरो के का ह ई सिंगल डबल कपल चैलेंज ।
– सिद्धार्थ पांडेय