May 4, 2021 · गीत
Reading time: 1 minute

करेजा फाटल जाता (भोजपुरी)

सपना काहे के देखवलु
दिलवा काहे के लगवलु
हमसे तोड़के जातारु तु नाता
ए करेजा-करेजा फाटल जाता

काहेला सितम देहलु हमरा तु दिल के
कवन गलती कईनी तोहरा से मिल के
हमसे भईल कवन खाता
ए करेजा-करेजा फाटल जाता

दिलवा लगवले बाडु एगो गरीब से
काहे छोड़ी जात बाडु एतना करीब से
अंखियां से आंसू ना रोकाता
ए करेजा-करेजा फाटल जाता

लगन, कन्हैया के जात बाडु ढिली
अईसन प्यार तोहके कहिना मिली
दिलवा के दरद ना सहाता
ए करेजा-करेजा फाटल जाता

गीत – जय लगन कुमार हैप्पी ⛳

43 Views
#9 Trending Author
मैं जय लगन कुमार हैप्पी। मेरा वास्तविक नाम लगन है लेकिन घर के छोटे बच्चे... View full profile
You may also like: